Popads

Sunday, 3 January 2016

नव वर्ष की खांची भर बधाई बा सब लोग के

ई साल ननियउरा के दुलार जस होखे
ससुरारी में दू साली के पियार जस होखे
टोला में आइल भइयन के सार जस होखे
नया साल लरिकाईं के इयार जस होखे।।
महंगाई के मूस बदे बिलार जस होखे
भष्टाचारी लोग बदे हूंडार जस होखे
घूसखोरन के लीले ई घरियार जस होखे
नया साल ई मोरनी के सिंगार जस होखे।।
बेरोजगारन के खातिर रोजगार जस होखे
व्यवसायी लोगन की ई व्यापार जस होखे
खेतिहर खातिर मौसम के सुतार जस होखे
नया साल ई जिनिगी में उपहार जस होखे।।
लइकन खातिर कार्टून चित्रहार जस होखे
नवहन खातिर लैला-मजनूँ प्यार जस होखे
बुढवन खातिर राष्ट्रीय समाचार जस होखे
नया साल ई पांच साली सरकार जस होखे।।
रहिमन बदे रमजान के पखवार जस होखे
गुरुदास के गुरुद्वारा दरबार जस होखे
विलियम खातिर क्रिसमस के त्यौहार जस होखे
नया साल फागुन बहार जस होखे।
.
.
.
.

नव वर्ष की खांची भर बधाई बा सब लोग के